रविवार, 29 मई 2011

ऊर्जा के बचत(कविता)


गरीब के पेट
एगो मशीन हS
जवन एक दिन के खाना से भी
चला लेला दू-चार दिन तक काम।

जब सारा बैग्यानिक
ब्यस्त बा लोग
अपना अपना प्रयोग में
कि कइसे ऊर्जा के खपत कम होई
तब एगो गरीब
सहस्राब्दी के नोबेल पुरस्कार जीत लेला
काहे कि अपना जीवन में ऊ
एक तिहाई चाहे आधा
ऊर्जा बचवले रहेला
बिना कवनो खर्च के।

आ ई कवनो नाया बात नइखे
ई तS हजारो साल
से होत आवता

तबहूं
बैग्यानिक लोग
ब्यस्त बा
ऊर्जा के बचत के
चक्कर में।

कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें

ईहाँ रउआ आपन बात कह सकीले।